Bhojpuri love shayari
आज सोचनी की तोहरा के सपना कही !!
पर सपना त सच होखेला ना !!
तू ख्याले में रोज आईल कर !!
लोग कहेला की ख्याल कबो बदलेला ना !!
केतना इत्मिनान से उ ठुकरा गैलन हमके !!
आंसू बनाई के आंख से टपकाई गैलन हमके !!
कैसन ई रहबरी रहल कैसन फरेब रहल !!
राह देखाई के उहा से भटकाई गईलन हमके !!
दिलासा देके अब आउर ना सम्हाल हमके !!
अईसन मखमली तूफान में न पाल हमके !!
कब ले कौनो अनहोनी क डर रहे !!
ईहवें रहे द ना निकाल हमके !!
मुहब्बत ऊ बारिश हअ !!
जेके छूवे के कोशिश में !!
हथवा त गीला हो जाय़ेला !!
आऊर अखिय़ो नम रहेला !!
बाकि हाथ फिर भी खालीय़े रहेला !!
ऐसे न चाल चल पवन हरजाई !!
लागल झुलानिया कय तार टूट जायी !!
हंस हंस के न बात कर होय जग हसाई !!
लागल उमारिया कय ले छूट जायी !!
बीना बतवले उ ना जाने काहे हमसे दूरी क लिहलन !!
बिछड के ऊ हमार मुहबबत अधूरे छोर दिहलन !!
हमरे मुककदर में खाली गम बा त का भइल !!
खुदा उनकर खवाइस त पुरा कर दिहलन !!
हमके कब चाह रहे कि हमके !!
ऊ चाँद मिले य़ा असमान मिले !!
खाली एगो तमन्ना रहे की !!
हमार ऊ सपना के जहाँ मिले !!
जिंदगी भर हम जिंदगी से दूर रहनी !!
तहरा खातिर हम अपनों से दूर रहनी !!
अब एह से बढ़ के वफ़ा के सजा का होई !!
तहार हो के तहरो से दूर रहनी !!
हमके अब तोहरा से भी प्यार ना रह गईल !!
अब इ जिनगियों के जरुरत हमरा के न रह गईल !!
बुझ गईल उनकर इंतज़ार में जरत उ दियवा भी !!
अब त उनकर आवे का अंदेशा भी न रह गईल !!
गुलो के लाख टटोलनी पर गुलबदन ना मिलल !!
चमन मे जिंदगी गुजरनी बाकी चमन ना मिलल !!
वफ़ा के राह मे जेवन कुछ मिल गनीमत बा !!
केतना त ऐसे चल गैइले,जिनके कफ़न ना मिलल !!
इसे भी पढ़े:-